Wednesday, February 10, 2016

जेवहीं बइठेलें दुलहा महादेव संगे / महेन्द्र मिश्र

जेवहीं बइठेलें दुलहा महादेव संगे लेले भूत बैतालवा हो लाल।
गारी सुनत इनका लाजो ना लागे ला इनका केकर परी गारी हो लाल।
माई ना बाप इन का घर ना दुअरवा से घरे-घरे अलख जगावे हो लाल।
खट्रस व्यंजन इनका नीको ना लागेला खालें नित भंगिया के गोला हो लाल।
दूलहा देखत मोरा जियरा डेरइलें से करेला सरप फुफकरिया हो लाल।
तनिए सा ए शिव जी भेसवा बदलिती रउरा बन जइती राजा के कुँवरवा हो लाल।
निरखे महेन्दर भोला भेस बदललें से मोहि लेले सखिया सहेलिया हो लाल।

No comments:

Post a Comment